ऐ हो माई तोहार महिमा अपार ब
म्यूजिक...
लागल दरबार हो लीला ब अपार हो
पूजतानी हमता माई तुहि हउ अधार हो
ए माई मेला में हेराइले बलम हमार
मिला द माई सईंया जी से हमके एक बार हो
मेला में हेराइले ...
म्यूजिक...
अंतरा- रखत रहले हमके अस मोती जस धागा
कवने गलतिया के मिलल बाटे सजा-2
अर्जी लगावतआनी दुखवा सुनावतानी
सुहाग बचाला माई शिवा के बोलदा तनी
हे माई नाही खाई लेहब हम जहर हो
मिला दा तानी सईंया जी से हमके एक बार हो
मिला द माईं सईंया से हमके एक बार हो
मेला में ...एक बार हो
म्यूजिक...
दिव्य बलमुआ शिवा कहे कर जोर हो
सोची सोची आवतारे अखियन से लोर हो-2
जिया चछनात ब मनवा डेरात बा
पूजा स्वीकार करा
दिल मे इहै आस बा
हो माई केकरा से करी हम गोहर हो
मिला द माईं सईंया जी से हमके एक बार हो
मेला में हेराइले बलम हमार... मिला द
म्यूजिक...
तू ही त हऊ माई हम सबके दाता
तूही त हऊ माई भाग्य बिधाता- 2
दे दा जीवन दान हो, इहे वरदान हो
भगिया जगाद माई,इहै अरमान हो
हे माईं तोहरो बा लीला अपार
हो मिला दा माई सईंया जी से हमके एक बार हो
मेला में हेराइले... मिला दा माई
The end ...
Singer शिवा तिवारी